भारत में बोलल जाये वाली दूसरकी सबले बड़ भाषा भोजपुरी के आम परिवार का ड्राइंग रुप में प्रतिष्ठापित करे वाला मनोरंजन टीवी चैनल के दू साल आजु पूरा हो रहल बा आ काल्हू से ओकर तिसरका साल शुरु होखे जा रहल बा. एह अवसर पर अँजोरिया परिवार का तरफ से महुआ टीवी आ एकर संस्थापक मुखिया पी के तिवारी के लाख लाख बधाई आ धन्यवाद. भगवान करसु कि महुआ टीवी एही तरह दिन दूना रात चौगुना प्रगति करत रहे.


भोजपुरी गीत संगीत के प्रतिष्ठापन, भोजपुरी सिनेमा के एगो बड़हन बाजार मुहैया करावे, आ भोजपुरी संस्कृति आ समाज के आगा बढ़ावे में महुआ टीवी के योगदान बहुते अहम रहल बा. आजु ओकरा चलते कई गो बड़हन चैनल देश का हृदय भाग में एगो बड़हन चुनौती के सामना करत बाड़े. बिहार यूपी आ झारखण्ड में महुआ के चौबिसो घण्टा चले वाला महुआ न्यूज चैनल लोकप्रियता में पहिलका पायदान पर बा आ अपना विकास यात्रा में महुआ टीवी के चलावे वाली महुआ मीडिया प्राइवेट लिमिटेड अब एगो बंगलो चैनल शुरु कर चुकल बा जवन ओकर बढ़त आर्थिक प्रगति के सूचक बा.
महुआ चैनल पर ग्रामीण आ शहरी दुनु तरह के भोजपुरिया दर्शकन के रुचि ध्यान में राखत तरह तरह के कार्यक्रम प्रसारित होला. गीत गवनई के रियलिटी शो सुर संग्राम, भोजपुरिया प्रतिभा के मंच देबे का कोशिश में डांस संग्राम, घर के औरतन के मनोरंजन आ एगो नया विकल्प देबे वाली भौजी नं १, सबेरे के खुशनुमा शुरुआत देबे वाला बिहाने बिहाने, धार्मिक धारावाहिकन के भोजपुरी संस्करण, आ तरह तरह के मनोरंजक धारावाहिक प्रसारित कर के महुआ एगो समग्र प्रस्तुति देबे में लागल बा.
टीवी के क्षेत्र में प्रतिष्ठापित अनेके नाम आजु महुआ से जुड़ल बाड़े जवना में प्रकाश झा, गजेन्द्र सिंह, शील कुमार, आ अश्विन धीर के नाम खास तौर पर लिहल जा सकेला. साथही महुआ टीवी अपना खुदो के बनावल प्रोडक्शन पेश करत रहेला जवना में भोजपुरी दुनिया के जानल मानल नाम शामिल रहेले.

Posted in Labels: , Posted by VIDYA SHANKER PANDEY at 6:00 PM  

0 comments:

 

Bhojpuri Duniya

2009-2022. A Bhojpuri Duniya Design